अनेरिया (अनेरा) = बिना काम का, worthless, अन्यायी, wrongdoer ऊ त अइसन अनेरिया आदमी हऽ कि ओकरा से कवनो सही काम के उमीदे बेकार बा.बाकिर इहो बाति बा कि ऊ अनेरिया ना हऽ काहे कि ऊ केहू पर अन्याय ना करे. He is such a...
अनेरे = बिना मतलब, निष्प्रयोजन, अकारण, without any purpose, aimelessly, without reason काहे अनेरे बड़बड़ात बाड़ ? Why are you talking without any purpose or reason ? अनेरही नू एने से ओने घूमत बाड़. You are wandering aimlessly without purpose or reason.
अनेर = अन्याय, गलत काम, injustice, wrongdoing (शुद्ध रुप “अन्हेर”) का अनेर कइले बाड़ऽ? Why are you doing injustice/wrong ? What an injustice ! What a wrongdoing !
कठुआइल = to stiffen with cold, ठंड से संवेदनाहीन होना जाड़ा से जब देह के कवनो अंग भा पूरा देहे लकड़ी, काठ का तरह संवेदनाहीन सुन्न हो जाव ओह स्थिति के कठुआइल कहल जाला. जइसे कि जाड़ा अतना कड़ाके के पड़त बा कि हाथ गोड़...
ठकुआइल = state of indecisiveness, किंकर्तव्यविमूढ़ होना जब कवनो बाति भा घटना अतना अचके में होखे कि बुझाव ना कि करीं भा कहीं, त ओह स्थिति के ठकुआइल कहल जाला. जइसे कि सामने अगो ट्रक से कचरात आदमी के देखि के ओकरा ठकुआ मार दिहलसि.
भकुआ = confused भकुआइल = confused state of mind, सोचने की शक्ति अस्थायी रुप से कम होना जब नींद भा नशा से आदमी के सोचे के शक्ति मद्धिम हो गड़ल होखे त ओह स्थिति के भकुआइल कहल जाला. जइसे कि ऊ अतना नींद में रहे...
भगई = loin cloth डाँड़ पर लपेटल छोट कपड़ा के टुकड़ा छोट लड़िका-लड़िकिन का गोड़ का बीच से होत चूतड़ आ डाँड़ पर लपेटल जाये वाला कपड़ा. बड़ लड़िकन के उहे कपड़ा भगई (loin cloth) कहाला आ पहलवान लोग जवन लाल कपड़ा लपेटेला तवना के...
गड़तर = diaper, baby sheet छोट लड़िका-लड़िकिन का गोड़ का बीच से होत चूतड़ आ डाँड़ पर लपेटल जाये वाला कपड़ा. बड़ लड़िकन के उहे कपड़ा भगई (loin cloth) कहाला आ पहलवान लोग जवन लाल कपड़ा लपेटेला तवना के लंगोट कहाला. बाकिर डायपर खातिर गड़तर...
हचपच chaos= a state of confusion and disorder अव्यवस्था रेल यातायात में बाधा का चलते सगरी योजना में हचपच हो गइल बा.बुझाते नइखे कि कवन ट्रेन कब आई कब जाई.